जुग जुग जियसु ललनवा (सोहर)
जुग जुग जियसु ललनवा,
भवनवा के भाग जागल हों,
ललना लाल होइहे,
कुलवा के दीपक मनवा में आस लागल हो,
आज के दिनवां सुहावन, रतिया लुभावन हो,
ललना दिदिया के होरिला जनमलें,
होरिलवा बडा सुन्दर हो,
नकियाँ त हवे जैसे बाबुजी के,
अंखिया है माई के हो
ललन मुहवा ह चनवा सुरुजवा त,
सगरो अन्जौर भइले हो,
सासु सुहागिन बड़ भागिन,
अन धन लुटावेली हों,
ललना दुअरा पे बाजेला बधइया,
अंगनवा उठे सोहर हो,
नाची नाची गावेली बहिनिया,
ललन के खेलावेली हो
ललना हँसी हँसी टिहुकी चलावेली,
रस बरसावेली हो,
जुग जुग जियसु ललनवा,
भवनवा के भाग जागल हो
ललना लाल होइहे,
कुलवा के दीपक मनवा में आस लागल हो,
पसंदीदा गायकों के भजन खोजने के लिए यहाँ क्लिक करें।
जुग जुग जियसु ललनवा (सोहर)- Maithili Thakur,Rishav Thakur and Ayachi Thakur
Singer -Maithili Thakur
आपको ये पोस्ट पसंद आ सकती हैं