शिव दूल्हा सरकार के सिंगार होखता

शिव दूल्हा सरकार के सिंगार होखता

शिव दूल्हा सरकार के सिंगार होखता

अरे सिंगार होखता, हो सिंगार होखता
शिव दूल्हा सरकार के सिंगार होखता ।

भोला जी के गण मिली करें तैयार हो
जटा मुकुट सर पर मौरी सवार हो
गोर देह पर लेपन भभूति छार होखता
शिव दूल्हा सरकार के सिंगार होखता ।

सर पर के कंगन, मुण्डमाल हार हो
गंगा जी के धार, माथे चंद्रमा ललाट हो
इंतजार वर के हिमांचल द्वार होखता
शिव दूल्हा सरकार के सिंगार होखता ।

कंठ में जहर, काँधे साँप के जनेऊ हो
पहिरे बाघम्बर, दूल्हा बनले महादेव हो
बर बसहा बैल पर सवार होखता
शिव दूल्हा सरकार के सिंगार होखता ।

कर में त्रिशूल, डमरू बाजे लागल बाजा
गौरी विवाह में चलले भूतवन के राजा
गुरुदेव पीछे से खूब जय–जयकार होखता
शिव दूल्हा सरकार के सिंगार होखता ।


शिव दुलहा सरकार के श्रृंगार होखता SHIV DULHA SARKAR KE SHRINGAR HO KHATA BY PUJYA RAJAN JEE

ऐसे ही अन्य भजनों के लिए आप होम पेज / गायक कलाकार के अनुसार भजनों को ढूंढें.
 

पसंदीदा गायकों के भजन खोजने के लिए यहाँ क्लिक करें।

Saroj Jangir Author Author - Saroj Jangir

इस ब्लॉग पर आप पायेंगे मधुर और सुन्दर हरियाणवी भजन भजनों का संग्रह । इस ब्लॉग का उद्देश्य आपको सुन्दर भजनों के बोल उपलब्ध करवाना है। आप इस ब्लॉग पर अपने पसंद के गायक और भजन केटेगरी के भजन खोज सकते हैं....अधिक पढ़ें

Next Post Previous Post