कहावा में जन्मेले रामा ता भजन

कहावा में जन्मेले रामा ता भजन

कहावा में जन्मेले रामा ता,
कहावा में कृष्ण जन्में हो,
के ललना कहावा में जन्मे गणेश ता,
तीनों घरवा मंगल होला हो,
तीनों घरवा मंगल होला हो।

अयोध्या में जन्मे ले रामा ता,
गोकुल में कृष्ण जन्में हो,
के ललना पर्वत पे जन्में गणेश ता,
तीनों घरवा मंगल होला हो,
तीनों घरवा मंगल होला हो।

कीकरा से जन्मेले रामा ता,
कीकरा से कृष्ण जन्में हो,
के ललना कीकरा से जन्में गणेश ता,
तीनों घरवा मंगल होला हो,
तीनों घरवा मंगल होला हो।

कौशल्या से जनमेले रामा ता,
देवकी से कृष्ण जन्में हो,
के ललना गौरी से जन्में गणेश ता,
तीनों घरवा मंगल होला हो,
तीनों घरवा मंगल होला हो।

कीकरा से बनेला रामायण,
कीकरा से गीता बने हो,
कीकरा से विघ्न हरन होला,
तीनों घरवा मंगल होला हो,
तीनों घरवा मंगल होला हो।

राम से बनेला रामायण,
कृष्ण से गीता बने हो,
के ललना गणेशा से,
विघ्न हरन होला,
तीनों घरवा मंगल होला हो,
तीनों घरवा मंगल होला हो।


कहावा में जन्मेले रामा ता,
कहावा में कृष्ण जन्में हो,
के ललना कहावा में जन्मे गणेश ता,
तीनों घरवा मंगल होला हो,
तीनों घरवा मंगल होला हो।

भजन श्रेणी : कृष्ण भजन (Krishna Bhajan)
भजन श्रेणी : खाटू श्याम जी भजन (Khatu Shyam Ji Bhajan)


Next Post Previous Post