ई त रोजे रोजे आवे, पिया के कबहु ना लियावे, लेके गइल बंबे की, बरेलिया रे ननदी, हमरा खातिर बैर भईली, रेलिया रे ननदी, हमरा खातिर बैर भईली, रेलिया रे ननदी।
रोजे देखे जाइले हम, पिया के टीसनिया, होई के निराश आंख, भर जाले पनिया, फोनवा से पेट ना भरे, केतनो करी बतिया, हहरेनी उनके खातिर, धड़के ला छतिया, भईल बाटे पगली के, हलिया रे ननदी, हमरा खातिर बैर भईली,
Bhojpuri Viral Latest Song Lyrics with Meaning
रेलिया रे ननदी, हमरा खातिर बैर भईली, रेलिया रे ननदी।
प्यार वाला हिस्सावा, बा बटले पईसवा, कल्लू विशूनपुरी हमार, गइले कवन दिशावा, आगी लागो राजा जी के, अईसन कमाई के, उनका बिना धानवा हम, करब का पाई के,
लागेला अकेल घरवा, जेलिया रे ननदी, हमरा खातिर बैर भईली, रेलिया रे ननदी, हमरा खातिर बैर भईली, रेलिया रे ननदी।
रेलिया रे ननदी | Reliya Re Nandi | Arvind Akela Kallu ft.Astha Singh | New Bhojpuri Song
ऐसे ही अन्य सोंग के लिए आप होम पेज / गायक कलाकार के अनुसार भजनों को ढूंढें.
इस ब्लॉग पर आप पायेंगे मधुर और सुन्दर भजनों का संग्रह । इस ब्लॉग का उद्देश्य आपको सुन्दर भजनों के बोल उपलब्ध करवाना है। आप इस ब्लॉग पर अपने पसंद के गायक और भजन केटेगरी के भजन खोज सकते हैं....अधिक पढ़ें।